PDA

View Full Version : Bhojpuri kavita भोजपुरी कविता- बकरा जे कटवइबऽ तूँ


आकाश महेशपुरी
06-09-2013, 05:20 PM
बकरा जे कटवइबऽ तूँ
...
हमरा से बोलीँ समधी जी गलती कवन भइल
जवना कारन कइले बानी रउवा मनवा मइल
कहलेँ समधी सुन लीँ कवनो बात न बाटे खास
मास खिआवे के कहनी बनववले बानी घास
येही से कुछ मांसाहारी लोग बाटे गुरनात
बात भइल तऽ बात निभइतीँ काहेँ कइनीँ घात?
साँच कहीले रउवा बाटे सगरी दोष हमार
बकरा तऽ हम येही खातिर बन्हले रहनी चार
बाकिर बेटी जवन रउवा घर के बनी सिँगार
बतिए अइसन कहलसि गइनी हम ओकरा से हार
कहलसि हे बाबूजी सुन लऽ बकरा जे कटवइबऽ तूँ
धरम बिआह मेँ अधरम कऽ के हमरे भागि जरइबऽ तूँ
श्लोक येने पढ़ल जाई ओने मास खिअइबऽ तूँ
देवता लो का आई येइजा उल्टे पाँव भगइबऽ तूँ
जवना अच्छत से दुवारि के बाबूजी पुजवइबऽ तूँ
ओही अन्न देव के कइसे मासे मेँ सनवइबऽ तूँ
शुभ विवाह लिखववले बाड़ऽ अउरी कतल करइबऽ तूँ
मरल मुँह कइसन लागेला हमके तनी बतइबऽ तूँ
येतनो कहला पर सुन लऽ जे मास अगर बनवइबऽ तूँ
ये ससुरारी जाइबि ना हम ओ ससुरा पहुँचइबऽ तूँ
सुनले बाति समधि के बेटहा लोर झोर हो के कहलेँ
अइसन मिलति पतोहि बा धन्य भागि प्रभु जी दिहलेँ
...
कविता- आकाश महेशपुरी
Aakash maheshpuri
...
पता-
वकील कुशवाहा उर्फ आकाश महेशपुरी
महेशपुर
कुबेरस्थान
कुशीनगर
उत्तर प्रदेश

आकाश महेशपुरी
09-08-2019, 10:55 AM
आंशिक परिवर्तन के बाद

बकरा जे कटवइबऽ तूँ
...
हमरा से बोलीं समधी जी गलती कवन भइल
जवना कारन कइले बानी रउवा मनवा मइल
कहलें समधी सुन लीं कवनो बात न बाटे खास
मास खिआवे के कहनी बनववले बानी घास
येही से कुछ मांसाहारी लोग बाटे गुरनात
बात भइल तऽ बात निभइतीं काहें कइनीं घात?
साँच कहीले रउवा बाटे सगरी दोष हमार
बकरा तऽ हम येही खातिर बन्हले रहनी चार
बाकिर बेटी जवन रउवा घर के बनी सिंगार
बतिए अइसन कहलसि गइनी हम ओकरा से हार
कहलसि हे बाबूजी सुन लऽ बकरा जे कटवइबऽ तूँ
धरम बियाह में अधरम कके हमरे भागि जरइबऽ तूँ
श्लोक येने पढ़ल जाई ओने मास खिअइबऽ तूँ
देवता लो का आई येइजा उल्टे पाँव भगइबऽ तूँ
जवना अच्छत से दुवारि के बाबूजी पुजवइबऽ तूँ
ओही अन्न देव के कइसे मासे में सनवइबऽ तूँ
शुभ विवाह लिखववले बाड़ऽ अउरी कतल करइबऽ तूँ
मरल मुँह कइसन लागेला हमके तनी बतइबऽ तूँ
येतनो कहला पर सुन लऽ जे मास अगर बनवइबऽ तूँ
ये ससुरारी जाइबि ना हम ओ ससुरा पहुँचइबऽ तूँ
सुनले बतिया समधी के तऽ लोर झोर हो गइलें ऊ
गज भर सीना भइल बहू अइसन पा के अगरइलें ऊ
...
कविता- आकाश महेशपुरी
Aakash maheshpuri
...
पता-
वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी"
महेशपुर
कुबेरस्थान
कुशीनगर
उत्तर प्रदेश

rajnish manga
10-08-2019, 08:35 AM
एक सुन्दर पारिवारिक भोजपुरी रचना. धन्यवाद आकाश जी.

आकाश महेशपुरी
01-09-2019, 07:14 AM
एक सुन्दर पारिवारिक भोजपुरी रचना. धन्यवाद आकाश जी.

धन्यवाद, आदरणीय!