PDA

View Full Version : Bhojpuri kavita भोजपुरी कविता- दारू से का फायदा?


आकाश महेशपुरी
23-09-2013, 12:58 PM
दारू से का फायदा
. . . . . . . . . .
दारू से का फायदा सोचनी आजु गिनावे के
येही से परल हऽ हमरा कागज कलम उठावेके
ना लाठी के परे जरूरत ना ई ज्यादा खोखे दे
पहिला फायदा ईहे हऽ ई बूढ़ कबो ना होखे दे
भरल जवानी मेँ अइसनका रोग भयानक धरेला
बुढ़ौती के दुख भोगला से पहिले लोगवा मरेला
दूसर फायदा ई होला कि पिल्ला नाहीँ काटे सन
नबदाने मेँ पावे सन तऽ मुँहवे भर उ चाटे सन
फायदा सुनीँ एगौरी होला चोर ना कहियो आवे सन
घर मेँ कुछ बचले नइखे तऽ झूठ-मूठ का धावे सन
...
रचना - आकाश महेशपुरी
Aakash maheshpuri
. . . . . . . . . . . . . . . . . . .
पता-
वकील कुशवाहा उर्फ आकाश महेशपुरी
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
09919080399

Advo. Ravinder Ravi Sagar'
24-09-2013, 12:34 AM
बहुत खूब

rajnish manga
25-09-2013, 07:25 PM
एक प्रमुख सामाजिक कुरीति को लेकर बहुत सुन्दर कविता आपने प्रस्तुत की है, आकाश जी. बहुत बहुत धन्यवाद.

आकाश महेशपुरी
05-02-2014, 06:25 AM
बहुत खूब

धन्यवाद् आदरणीय!

आकाश महेशपुरी
05-02-2014, 06:27 AM
एक प्रमुख सामाजिक कुरीति को लेकर बहुत सुन्दर कविता आपने प्रस्तुत की है, आकाश जी. बहुत बहुत धन्यवाद.

आभार आदरणीय रजनीश मांगा जी!