My Hindi Forum

My Hindi Forum (http://myhindiforum.com/index.php)
-   Mehfil (http://myhindiforum.com/forumdisplay.php?f=17)
-   -   भोजपुरी कविता- चुनाव नियराइल (http://myhindiforum.com/showthread.php?t=20868)

आकाश महेशपुरी 07-01-2021 11:25 AM

भोजपुरी कविता- चुनाव नियराइल
 
चुनाव नियराइल
■■■■■■■■■■■■■■■■
चारू ओर लागे कि जहर बोआइल
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

साड़ी बाटात कहीं मुर्गा काटाला
दारू के बोतल प दुनिया के हाला
बूझे ना लोग बाटे पासा फेकाइल-
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

भाई पियक्कड़ के चम बाटे गोटी
आइल चुनाव खाई बकरा के बोटी
होई बेमारी त छूटी धाधाइल-
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

गँउवा-नगर में जे लेङा लगावे
सबसे अधिक धन भाई उ पावे
मार-फउदारी से सभे डेराइल-
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

कुर्सी जे मिली त रही ना नाता
आइल चुनाव खूब ऑफर दीआता
गोड़वा प माथे के पगरी धराइल-
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

मिलेला ऑफर कि बोलअ का चाहीं
केने से बोलल जा केने से नाहीं
बाटे शरीफन के बुद्धि हेराइल-
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

नेतन के भरेला सोना के थाली
जनता त खाली बजावेला ताली
जनता के देश ह जनते पेराइल-
कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल

रचना- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 05/01/2021
■■■■■■■■■■■■■■■■■
वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी"
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
पिन- 274304
मो. 9919080399


All times are GMT +5. The time now is 03:37 PM.

Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.