My Hindi Forum

My Hindi Forum (http://myhindiforum.com/index.php)
-   Mehfil (http://myhindiforum.com/forumdisplay.php?f=17)
-   -   भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार... (http://myhindiforum.com/showthread.php?t=20728)

आकाश महेशपुरी 13-08-2019 07:40 PM

भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
 
भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
■■■■■■■■■■■■■■■■
पी के घुमे बाजार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

पी के झगरा फरिआवेला
हीक हीक भर गरिआवेला
मानेक परी बाटे बूता
डटल रहेला खा के जूता
आ कुर्ता लेला फार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

मउगी जे तनिको बोलेले
दारू पियला से रोकेले
पागल हऽ लागेला पीटे
गहना-बीखो सगरी छींटे
बेचेला कंगन हार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

पी लेला तऽ धावे लागे
गीत उरेबी गावे लागे
चलेला हरदम अङ्हुआ के
गीरेला मोरी में जा के
पाँको से पावे प्यार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

बदबू जेतना आवे तन से
राखे ओके बड़ी जतन से
समझावे केहू आवेला
उल्टी करे मुँह बावेला
आ कर देला बीमार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

जहिया भर पेटा पी लेला
जिनिगी से बेसी जी लेला
पूरा देहिये हो जा पीयर
हो जाला ऊ मुर्दा नीयर
कि सुई घोपाला चार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

सगर खेत बगइचा बेचलस
दारू में अइसन का देखलस
मुँवे के माहुर खोजेले
मेहरारू रोजे रोवेले
आ लइका करें चिघार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

रचना- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 21/10/2008
■■■■■■■■■■■■■■■■■
वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी"
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
पिन- 274304
मोबाइल- 9919080399

rajnish manga 16-08-2019 12:33 PM

Re: भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
 
Quote:

Originally Posted by आकाश महेशपुरी (Post 567738)
भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
■■■■■■■■■■■■■■■■
पी के घुमे बाजार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला
मउगी जे तनिको बोलेले
दारू पियला से रोकेले
पागल हऽ लागेला पीटे
गहना-बीखो सगरी छींटे
बेचेला कंगन हार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

दारू पीने वालों की हालत का सुंदर व रोचक वर्णन.
धन्यवाद आकाश जी.

आकाश महेशपुरी 01-09-2019 07:08 AM

Re: भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
 
Quote:

Originally Posted by rajnish manga (Post 567740)
दारू पीने वालों की हालत का सुंदर व रोचक वर्णन.
धन्यवाद आकाश जी.

राउर बहुते आभार बा! सादर!

आकाश महेशपुरी 04-02-2021 07:18 PM

Re: भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
 
आंशिक संपादन के बाद-

भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
■■■■■■■■■■■■■■■■
पी के घुमे बाजार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

पी के झगरा फरिआवेला
हीक हीक भर गरिआवेला
मानेक परी बाटे बूता
डटल रहेला खा के जूता
आ कुर्ता लेला फार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

मउगी जे तनिको बोलेले
दारू पियला से रोकेले
पागल हऽ लागेला पीटे
गहना-बीखो सगरी छींटे
बेचेला कंगन हार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

पी लेला तऽ धावे लागे
गीत उरेबी गावे लागे
चलेला हरदम अङ्हुआ के
गीरेला मोरी में जा के
पाँको से पावे प्यार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

पीये तऽ पीयेला मन से
बदबू फेंके पूरा तन से
समझावे केहू आवेला
गारी दे जब मुँह बावेला
दे सातो पीढ़ी तार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

जहिया भर पेटा पी लेला
जिनिगी से बेसी जी लेला
पूरा देहिये हो जा पीयर
हो जाला ऊ मुर्दा नीयर
कि सुई घोपाला चार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

सगर खेत बगइचा बेचलस
दारू में अइसन का देखलस
मुँवे के माहुर खोजेले
मेहरारू रोजे रोवेले
आ लइका करें चिघार तऽ ओकर जोश जागेला
गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला

रचना- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 21/10/2008
■■■■■■■■■■■■■■■■■
वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी"
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
पिन- 274304
मोबाइल- 9919080399


All times are GMT +5. The time now is 08:13 AM.

Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.