My Hindi Forum

My Hindi Forum (http://myhindiforum.com/index.php)
-   India & World (http://myhindiforum.com/forumdisplay.php?f=27)
-   -   !@!जय भोजपुरी!@! (http://myhindiforum.com/showthread.php?t=1472)

ABHAY 02-12-2010 07:26 PM

!@!जय भोजपुरी!@!
 
भोजपुरी अंग्रेजन के भगावे खातिर लाठी रहे ( गियर्सन के पढी )

भोजपुरी महात्मा गाँधी के आन्दोलन के साथी रहे ( चम्पारन भुला गईनी का )

भोजपुरी राजेन्दर बाबु के आन बान शान रहे

भोजपुरी जय प्रकाश बाबु के अरमान रहे

भोजपुरी बाबु कुंवर सिंह के अन्दाज रहे

मंगल पांडे जी के क्रांति के भोजपुरिये नाज रहे


जी हम सही कहत बानी भोजपुरी हमनी के अहंकार ह , भोजपुरी हमनी के संस्कार ह , भोजपुरी हमनी के जान ह त भोजपुरिये हमनी के पहचान ह ।

ई बात हर उ आदमी जान लेउ जे भोजपुरी के खाली बिजनेस बुझत बा ।


जईसन देवता ओइसन पुजा करेले भोजपुरी

ABHAY 02-12-2010 07:28 PM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 
एगो गीत बा बार निमन गीत बा


अगे माई हरदी हरदिया दुब पातर ना
अगे माई हरदी हरदिया दु्ब पातर ना
....४
अगे माई कौने बाबा, हरदी चढ़ावले ना ...३
अगे माई बाबा से बाबा, आपन बाबा ना
अगे माई उहे बाबा ,हरदी चढ़ावले ना
अगे माई हरदी हरदिया दुब पातर ना
अगे माई हरदी हरदिया दु्ब पातर ना

अगे माई कौने चाचा हरदी चढ़ावले ना...३
अगे माई चाचा से चाचा आपन चाचा ना
अगे माई उहे चाचा हरदी चढ़ावले ना
अगे माई हरदी हरदिया दुब पातर ना
अगे माई हरदी हरदिया दु्ब पातर ना

अगे माई कौने मामा हरदी चढ़ावले ना...३
अगे माई मामा से मामा आपन मामा ना
अगे माई उहे मामा हरदी चढ़ावले ना
अगे माई हरदी हरदिया दुब पातर ना
अगे माई हरदी हरदिया दु्ब पातर ना

अगे माई कौने भईया हरदी चढ़ावले ना....३
अगे माई भैया से भईया आपन भैया ना
अगे माई उहे भईया हरदी चढ़ावले ना
अगे माई हरदी हरदिया दुब पातर ना
अगे माई हरदी हरदिया दु्ब पातर ना

ABHAY 02-12-2010 07:31 PM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 
हम तस्वीर जब भी बनाइले तोहार,
तो दिल में हमारा कई बात आ जाला ,
कभी तोहरा होंठ के लाली कभी गाल के तिल,
त कभी कमर के लचीलापन में कमी रह जाला ,
और जब भी बन जाला तस्वीर और हम देखी ले,
ता पता ना काहे उ तोहार ता बस एगो परछाई नजर आ जाला.,,,,,,,,,,,


Hamsafar+ 02-12-2010 11:17 PM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 
Abhay भाई कुछ विडियो भी प्रस्तुत करें !

ABHAY 03-12-2010 06:38 AM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 

ABHAY 03-12-2010 06:41 AM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 

ABHAY 03-12-2010 06:47 AM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 

ABHAY 03-12-2010 06:56 AM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 

ABHAY 03-12-2010 07:01 AM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 

ABHAY 07-12-2010 07:40 AM

Re: !@!जय भोजपुरी!@!
 
जय भोजपुरी बोलो भाई लोग


All times are GMT +5. The time now is 06:49 PM.

Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.