लंपी घातक रोग
लंपी घातक रोग
■■■■■■■ लंपी घातक रोग के चलते मनवा भइल पागल केतनी गइयन के अबहिं ले टीका नइखे लागल ख़बर गाइ कुल के मरले के कबले रोज सुनाई लखनऊ से चलल टीका गाँवें कबले आई सुनले बानी माछी, मच्छर के चलते ई आइल भादो बीतल कीटनाशक अबले नइखे छिड़काइल पशुपालक के खुनवा सूखल गजबे महँग दवाई सब पशुवन पर खर्च करी त अपने का उ खाई हे गौ सेवक! अउरी तेजी से टीका लगवाईं गौ रक्षा के झंडा रउआ गाँव-गाँव पहुँचाईं राजकोश के ताला खोलीं, कृषक अगर जे रोई नगर क्षेत्र के पेट भरे के बोझा तब के ढोई रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 17/09/2023 ■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274309 मो- 9919080399 |
All times are GMT +5. The time now is 05:47 AM. |
Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.