भोजपुरी गीत - का कहीँ लोर के
भोजपुरी गीत- का कहीँ लोर के
...
जिन्दगी मेँ जहर बा गइल घोर के
बन्द होते न बा का कहीँ लोर के
...
ना ये पार मेँ ना तऽ ओ पार मेँ
ई जुदाई भइल उहो मजधार मेँ
दोष हमरे रहे आकि चितचोर के-
बन्द होते न बा का कहीँ लोर के...
...
बेवफाई के देखऽ कइले बा हद
बस इहे सोच के दिल मेँ उठे दरद
जे जोरल उहे अब तूरल डोर के-
बन्द होते न बा का कहीँ लोर के...
...
ई खाइ के कसम आ खिया के कसम
कि दी ना कबहू प्यार मेँ केहू गम
खूँ कइले बलम बा पोरे पोर के-
बन्द होते न बा का कहीँ लोर के...
...
गीतकार - आकाश महेशपुरी
Aakash maheshpuri
...
पता-
वकील कुशवाहा उर्फ आकाश महेशपुरी
ग्रा- महेशपुर, पो- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर, उत्तर प्रदेश
09919080399
|