View Single Post
Old 07-08-2023, 08:28 PM   #1
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 921
Rep Power: 24
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default कहाँ गइलू पँखिया पसार ये चिरई

कहाँ गइलू पँखिया पसार ये चिरई
■■■■■■■■■■■■■
कहाँ गइलू पँखिया पसार ये चिरई
कहाँ गइलू पँखिया पसार

विन दरसन मन थोर होई जाला
अब गछिया प चहँकल ना सुनाला
सुन लागे गँउवा जवार ये चिरई
कहाँ गइलू पँखिया पसार

चिरई हो तहरा के खोजनी कहाँ ना
कहँवा बनऽवलू तू जाई के ठिकाना
खोजते बीती का दिन चार ये चिरई
कहाँ गइलू पँखिया पसार

तहरा से भेंट होई अब ना बुझाला
मनवा के रोजे रोज काठ मारि जाला
सुनलु ना अबले पुकार ये चिरई
कहाँ गइलू पँखिया पसार

रचना- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 05/08/2022
■■■■■■■■■■■■■■
वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी'
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
पिन- 274309
मो- 9919080399
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote