View Single Post
Old 04-02-2024, 12:44 PM   #1
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 920
Rep Power: 23
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default झाड़ू अउरी बेलन

झाड़ू अउरी बेलन
■■■■■■■■■■
ई दर्द करेला केतना दिन
झाड़ू भा बेलन के खाइल
ऊ बड़ी भाव से पुछलें पर
हमरा से उत्तर ना आइल

पीठी में दर्द जियादे बा
ई दवा अभिन कबले खाईं
ऊ हाथ जोरि पूछे लगलें
अनुभव होखे तऽ बतलाईं

हम कहनी बेलन के बेलल
बस रोटी पूड़ी खाईले
झाड़ू हम भले खरीदीं पर
तहरा जइसे ना पाईले

झाड़ू चौकी बेलन ई तऽ
घरवा के बस पहिचान हवे
ई प्रेम बढ़ावे घरवा में
ना लड़ले के सामान हवे

ई पेट भरेला मनई के
जब चौकी बेलन टकराला
जवना घर में ना बाजे ई
बुझिहऽ कि लागल बा ताला

जवना घर में कई दिनन से
लागल जे ना होई झाड़ू
तब करी बुराई हीत नात
होइहें जीजा चाहें साढ़ू

तहरा पर मइल चढ़ल होई
दारू जूआ भा तासे के
कुछ अइसन काम करत होइबऽ
घर के लछमी के नासे के

ई बेलन भूत भगावेला
मन के चुरइल के मारेला
झाड़ू के ईहे काम हवे
कि सगरी मइल उतारेला

कविता- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 03/02/2024
■■■■■■■■■■■■■■■
वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी'
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
पिन- 274309
मो- 9919080399
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote