View Single Post
Old 06-09-2023, 04:28 AM   #4
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 921
Rep Power: 23
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default Re: कवनो गाड़ी तरे ई चले जिंदगी

आंशिक परिवर्तन के बाद

कवनो गाड़ी तरे ई चले जिंदगी,
ब्रेक लागत रहे पर बढ़े जिंदगी।

काल गति आ समय के मिला के चलीं,
जिंदगी तऽ हवे इक सुहाना सफर।
राह के बीच में गर चढ़ाई मिले,
तब लगाईं सुनीं रउआ पहिला गियर।
धैर्य के बल से परबत चढ़े जिंदगी।
ब्रेक लागत रहे पर बढ़े जिंदगी।।
कवनो गाड़ी तरे…………..….

आगे पीछे अगल आ बगल देख लीं,
सब केहू ना इहाँ होश में अब चले।
रोड खाली मिले तऽ चलीं तेज पर,
ब्रेकरो बा बहुत ध्यान में ई रहे।
बा रुकावट भले ना रुके जिंदगी।
ब्रेक लागत रहे पर बढ़े जिंदगी।।
कवनो गाड़ी तरे………………

आपदा के बदे कुछ बचा के रखीं,
कहि के आवे कहाँ कहियो संकट नया।
का पता राह में कब जरूरत पड़े,
तेल रीजर्व में रउआ राखीं सदा।
कुछ रहे हाँथ में तब लड़े जिंदगी।
ब्रेक लागत रहे पर बढ़े जिंदगी।।
कवनो गाड़ी तरे……………….

देहि दुनिया में सबसे ई अनमोल बा,
येइमें कवनो खराबी ना आवे कहीं।
राह कइसे चलबि कुछ बिगड़ जे गइल,
सर्विसिंङ्गो समय से करावत रहीं।
तन निरोगी रहे ना झुके जिंदगी।
ब्रेक लागत रहे पर बढ़े जिंदगी।।
कवनो गाड़ी तरे………………

गीत– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 12/04/2022
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote