My Hindi Forum

Go Back   My Hindi Forum > Art & Literature > Mehfil
Home Rules Facebook Register FAQ Community

 
 
Thread Tools Display Modes
Prev Previous Post   Next Post Next
Old 18-03-2014, 10:34 AM   #1
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 941
Rep Power: 24
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default भोजपुरी रचना- माल हवे सरकारी...

भोजपुरी रचना- माल हवे सरकारी...
॰ ॰ ॰
सुननी कुछ लो के बतिआवत
दुखी के घरवा रहे दावत
कुछ लोग रहे शोर मचावत
मुखिया रहलेँ बात सुनावत
बड़ी भागि से मीलल बा रे
परधानी तूँ मिल के खा रे
खइला से ना तनिक लजा तूँ
माल हवे सरकारी खा तूँ
जब आवास केहू क दीले
कइ हजार ओसे हम लीले
जवन गाँव के बाटे कोटा
धन मीले उँहँवोँ से मोटा
कर्मि सफाई से टानीले
बिन पइसा के ना मानीले
राशन काड बनावे खातिर
धन पाईले धावे खातिर
सबसे बेसी मनरेगा से
लाखन पाईँ कवनोङा से
इस्कूली से मोट कमाईँ
भोजन से हम नोट कमाईँ
सबका माथे ताज न आवे
असली मुखिया बाज न आवे
येही से हम बाज न आईँ
झगरा लगा लगा फरिआईँ
झगरवो से झरेला खूबे
येतना कि लागीले डूबे
डूबीँ फेरू उतराईले
दौलत कि येतना पाईले
विधवा अउर बूढ़ के पेन्सन
लूटे मेँ तनिको ना टेँसन
हम चानी आधा काटीले
आधा मेँ सबके बाटीले
बाँट बाँट के खइले बा लो
हमसे बेसी धइले बालो
दिल्ली से गउँवा ले भाई
चाँपत बाटे लोग मिठाई
बेसरमी के मेला लागल
हमरो बेसरमी बा जागल
हम चुनाव मेँ कइनी फेरा
खूब खिअवनी लड्डू केरा
साड़ी अउर बटाइल मछरी
भइ जीत बानी डेढ़ अछरी
दारू अउर मास के रेला
आईल रहे कइ कइ ठेला
पइसा दे भरमवले बानी
पद पर पाँव जमवले बानी
जमल रही आ जमले बाटे
कुर्सी हमके बन्हले बाटे
चमचा लो के रही सहारा
पँचवेँ पँचवेँ मिली किनारा
सबके दारूबाज बनाके
राखब आपन ताज बचा के
गउँवा मेँ जे रही अशिक्षा
बाकी रही न एको इच्छा
गाँवे रही गरीबी भाई
कईल बनी खूबे कमाई
जे जे सूनल मुखिया बानी
भरलि आँखि मेँ ओकरा पानी
हाय देव हे देवी माई
धरम कहीँ अब लउकत नाहीँ
लूट-लूट जे मनई खाता
करऽ न्याय अब सुनऽ विधाता
रचना- आकाश महेशपुरी
Aakash maheshpuri
पता-
वकील कुशवाहा उर्फ आकाश महेशपुरी
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
मो. 09919080399
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote
 

Bookmarks


Posting Rules
You may not post new threads
You may not post replies
You may not post attachments
You may not edit your posts

BB code is On
Smilies are On
[IMG] code is On
HTML code is Off



All times are GMT +5. The time now is 03:26 PM.


Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.