25-07-2019, 08:19 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी गीत- आइल दिन जाड़ा के
भोजपुरी गीत- आइल दिन जाड़ा के
○○○○○○○○○○○○○○○ आइल दिन जाड़ा के आइल दिन जाड़ा के देहिया रहेला कठुआइल आइल दिन जाड़ा के ठंडी परअ ताटे क के तइयारी भगिया के मारल का करे दुखियारी जाड़ का रोकी फाटल लुगरी लइका बेमार ना साल बा ना गुदरी डाक्टर कहेला कि भइल निमोनिया माई के जिया घबराइल- आइल दिन जाड़ा के आइल दिन... आइल दिन... देहिया... आइल... बूढ़-पुरनिया के रोग बढ़ल बा जबसे अगहन मास चढ़ल बा कुहा सितलहरी परे येतना भारी रुकल जहाज रुकल रेलगाड़ी येइमें किसनवा पटवेला खेतवा धरती के भागि फरिआइल- आइल दिन जाड़ा के आइल दिन... आइल दिन... देहिया... आइल... चिरई-चुरुङ्ग के हाड़ लागे काँपे काँपेला ऊहो जे कउड़ा तापे पेड़वो के मारे लागल अब पाला मरि गइलें मँगरू भइल बाटे हाला सीमावा प तबो डटल बा जवनवा सुनि सुनि हिया हरसाइल- आइल दिन जाड़ा के आइल दिन... आइल दिन... देहिया... आइल... रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक-17/11/2007 ○○○○○○○○○○○○○○○ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर, पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर, उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मोबाईल- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|