29-08-2021, 07:31 AM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी ग़ज़ल- बंदगी हम का करीं
बंदगी हम का करीं
■■■■■■■■■ दिल दुखा के बा मिलल तहके खुशी हम का करी दर्द में डूबल रहेला जिंदगी हम का करीं कोठरी अंधेर के अब हो गइल आदत सनम आस ना बाटे मिलन के रोशनी हम का करीं रात-दिन सोचीले तहके माफ ना करिहें खुदा ध्यान में बस तू रहेलू बंदगी हम का करीं हम न कहियो दिल से तहके एक पल कइनी जुदा हमके तू कहते रहेलू अजनबी हम का करीं रात पूनम के हवे 'आकाश' जगमग ई जहाँ ना मिले दिलदार तऽ ई चाँदनी हम का करी ग़ज़ल- आकाश महेशपुरी दिनांक- २९/०८/२०२१ ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 30-08-2021 at 07:53 PM. |
Bookmarks |
|
|