21-07-2020, 03:55 PM | #1 |
Diligent Member
|
गीत- एक मुठी सरसो पीट पीट बरसो
■■■■■■■■■■■■■■■■■ एक मुठी सरसो पीट पीट बरसो। पावल जे कुर्सी संसद में भाई, ओकर ना बारिश में कुछउ भिलाई। रही निहाल ऊ त बिहने भा परसो- एक मुठी सरसो पीट पीट बरसो। बारिश में देखऽ छाता बा छूटल, लागल बा पानी कि सड़क बा टूटल। सब केहू रोवे नेता लो हरसो- एक मुठी सरसो पीट पीट बरसो। चूवेला मड़ई त गांव भर छावे, लिहल जे वोट ऊ झांके ना आवे। ओकर बा चानी तरसे ऊ तरसो- एक मुठी सरसो पीट पीट बरसो। गीत- आकाश महेशपुरी दिनांक- 20/07/2020 @सर्वाधिकार सुरक्षित नोट- मुखड़ा एगो लोकोक्ति/कहाउत हऽ। ■■■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो. 9919080399 |
Bookmarks |
|
|