13-08-2020, 08:35 PM | #1 |
Diligent Member
|
ई भारत देश महान हवे... भोजपुरी गीत
■■■■■■■■■■■■■ युग युग से भारत के महिमा गावत ई सकल जहान हवे ई भारत देश महान हवे पूरा भारत घर आपन हऽ घर में सबके आराम मिले येही घरवा में मिले हवा भोजन पानी अविराम मिले बा जनम मिलल ये धरती पर ई धरती सबकर जान हवे- ई भारत देश महान हवे ना मनइन में बा भेद इहाँ जइसे कुरान बा वेद इहाँ जे जाति-धरम में बाटेला दीहल जाला ऊ खेद इहाँ मिल-जुल के सभे रहे हरदम भाईचारा पहिचान हवे- ई भारत देश महान हवे बा ताजमहल आ लालकिला एलोरा आ जंतर मंतर बा किसिम किसिम के भारत में मंदिर मस्जिद आ गिरिजाघर युग युग ले नूर रही येकर जइसे सूरज आ चान हवे- ई भारत देश महान हवे सागर शीतलता दे ताटे आ माथे सजल हिमालय बा नदिया, झरना बा हरियाली दुनिया तऽ येकर कायल बा ई कोयल के हऽ मधुर गीत आ कलियन के मुस्कान हवे- ई भारत देश महान हवे गांधी, गौतम, अब्दुल कलाम बा कृष्ण राम के नाम इहाँ नानक आ महावीर स्वामी कइले बालो सदकाम इहाँ ई धरती सूर कबीरा के आ तानसेन के तान हवे- ई भारत देश महान हवे जे जहवे बा ऊ तहवे से लागल बा देश सजावे में वैज्ञानिक खोजे में लागल अभियंता देश बनावे में सैनिक सीमा पर पहरा दे खेती में डटल किसान हवे- ई भारत देश महान हवे गीत- आकाश महेशपुरी दिनांक- १२/०८/२०२० ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मोबाईल- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 14-08-2020 at 03:12 PM. |
16-08-2020, 09:23 AM | #2 |
Super Moderator
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 242 |
Re: ई भारत देश महान हवे... भोजपुरी गीत
देशभक्ति की एक बेहतरीन कविता जिसमे हमारी संस्कृति, इतिहास, वर्तमान व भविष्य के दृश्य व संकेत मिलते हैं. धन्यवाद, आकाश जी.
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद) (Let noble thoughts come to us from every side) |
Bookmarks |
|
|