26-08-2021, 08:05 PM | #1 |
Diligent Member
|
सपना बुझाला जहान (भोजपुरी गीत)
■■■■■■■■■ रसे रसे रोवे परान ये भइया, सपना बुझाला जहान होला जनम तब बाजेला बधइया बाबूजी सनेह आ प्यार देली मइया पढ़ेला लोग फेरू पावेला नोकरी देश आ विदेश, गाँव घूमेला सगरी होला बिआह फेरू होखेला गवना बचपन, जवानी भइल जाला सपना बचे ना कवनो निशान- ये भइया, सपना बुझाला जहान केहू ना जाने कि आगे का होई सुख मिली केकरा आ के बस रोई कइसे ऊ कटी बुढ़ौती के रतिया पार लागी जिनिगी कि होई दुरगतिया बेटा आ बेटी लो जानी ना जानी का जाने पूछी कि ना केहू पानी का जाने कइसन विधान- ये भइया, सपना बुझाला जहान रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 15/02/2006 ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 26-08-2021 at 08:20 PM. |
Bookmarks |
|
|