14-07-2022, 08:57 AM | #1 |
Diligent Member
|
लागेला धान आई ना घरे
■■■■■■■■■■ काहें रुसल बाटे सावन से बदरिया लागेला धान आई ना घरे कइले हाँथे रहि जाई का रोपनिया लागेला धान आई ना घरे लोग ताकेला आकासे धरती रहि जा पियासे बादर पानी के ना करे अब लदनिया लागेला धान आई ना घरे कइले........लागेला......... सगरो आस लागल मरे सूरज आगि तरे जरे गोर बाटे उहो भइल जाता करिया लागेला धान आई ना घरे कइले........लागेला......... दादुर मुँह नाहीं खोले कहियो मोर नाहीं डोले बादर पानी के ना होत बा लगनिया लागेला धान आई ना घरे कइले........लागेला......... रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 12/07/2022 ■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274309 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 14-07-2022 at 03:59 PM. |
Bookmarks |
|
|