12-10-2024, 10:01 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी गजल- लोग दुनिया में बहुत...
◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️ लोग दुनिया में बहुत बाटे गिरावे वाला खोजलो से ना मिले केहू उठावे वाला खुद से मंजिल के पता खोजि ल ये राही तू राह भटकल हवें अब राह देखावे वाला काम कवनो जे करऽ राज न खोलऽ पहिले हाथ अक्सर मले हर भेद बतावे वाला कम जे बोलत रहे ऊ आज जुबां पर बाटे हो गइल शोर में गुम शोर मचावे वाला बात बिगड़ी त बिगड़ते रही जाने कबले बात केहू त करो बात बनावे वाला आँख मुनि के न भरोसा करऽ तू सबका पर घात कर दे ना कहीं हाथ मिलावे वाला देखऽ 'आकाश' इहाँ तहरे ले बाटे नाहीं दर्द सबका लगे बा नींद उड़ावे वाला गजल- आकाश महेशपुरी दिनांक- 11/10/2024 ◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274309 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 13-10-2024 at 10:02 AM. |
Bookmarks |
|
|