Today, 09:01 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी गजल- लोग दुनिया में बहुत...
◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️ लोग दुनिया में बहुत बाटे गिरावे वाला खोजलो से ना मिले केहू उठावे वाला कइसे मंजिल के पता खोजि तू पइबऽ राही राह भटकल हवें अब राह देखावे वाला काम कवनो जे करऽ राज न खोलऽ पहिले हाथ अक्सर मले हर भेद बतावे वाला कम जे बोलेला उहे आज जुबां पर बाटे हो गइल शोर में गुम शोर मचावे वाला बात बिगड़ी त बिगड़ते रही जाने कबले बात केहू त करो बात बनावे वाला आँख मुनि के न भरोसा करऽ तू सबका पर घात कर दे ना कहीं हाथ मिलावे वाला देखऽ 'आकाश' इहाँ तहरे ले बाटे नाहीं दर्द सबका लगे बा नींद उड़ावे वाला गजल- आकाश महेशपुरी दिनांक- 11/10/2024 ◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️◼️ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274309 मो- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|