11-10-2020, 05:24 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी ग़ज़ल- ऊ बा कहाँ दिलदार
■■■■■■■■■■■■■■■■■■■■■ ऊ बा कहाँ दिलदार जे हमके सतावल रात-दिन ना बंद होता दर्द में अब गीत गावल रात-दिन केहू कहेला नींद केहू चैन के दुश्मन कहे हम तऽ कहीं ऊ चोर हऽ जे दिल चुरावल रात-दिन ना घाम लागे जेठ में ना शीत लागे पूस में ऊ याद आवे इश्क़ में मदहोश धावल रात-दिन शीशा हवे शीशा कहऽ ना हर्ज बा ये बात में अब दर्द देला मोम के पत्थर बतावल रात-दिन केहू न हमके नेह से देखल इहे अफसोस बा तकदीर वाला बा इहाँ जे प्यार पावल रात-दिन हम आजुवो 'आकाश' तन्हा एकदम बानी सुनऽ ना काम आइल ऐ सनम आँसू बहावल रात-दिन ग़ज़ल -आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/10/2020 ■■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो. 9919080399 |
Bookmarks |
|
|