16-07-2021, 03:18 PM | #1 |
Diligent Member
|
दू गो देश भक्ति मुक्तक
■■■■■■■■■■ भारत के माटी दुनिया में, सबसे सुनऽ महान हवे, येही के किरिपा से हमनी, के भाई पहिचान हवे। जनम मिलेला इहँवे पर आ, इहँवे से भोजन पानी, हमनी के बा जिनिगी एसे, ई हमनी के जान हवे।।1।। जे भारत के खातिर अपना, जिनिगी के बलिदान कइल, भूखे रहलें लोग जवन आ, जवने लो विषपान कइल। उनके ये बलिदान बदे अब, फर्ज इहे हमनी के बा, चालू राखल जा दुष्टन के, शिद्दत से अवसान कइल।।2।। रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 16/07/2021 ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 16-07-2021 at 03:35 PM. |
Bookmarks |
|
|