07-01-2021, 12:25 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी कविता- चुनाव नियराइल
■■■■■■■■■■■■■■■■ चारू ओर लागे कि जहर बोआइल कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल साड़ी बाटात कहीं मुर्गा काटाला दारू के बोतल प दुनिया के हाला बूझे ना लोग बाटे पासा फेकाइल- कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल भाई पियक्कड़ के चम बाटे गोटी आइल चुनाव खाई बकरा के बोटी होई बेमारी त छूटी धाधाइल- कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल गँउवा-नगर में जे लेङा लगावे सबसे अधिक धन भाई उ पावे मार-फउदारी से सभे डेराइल- कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल कुर्सी जे मिली त रही ना नाता आइल चुनाव खूब ऑफर दीआता गोड़वा प माथे के पगरी धराइल- कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल मिलेला ऑफर कि बोलअ का चाहीं केने से बोलल जा केने से नाहीं बाटे शरीफन के बुद्धि हेराइल- कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल नेतन के भरेला सोना के थाली जनता त खाली बजावेला ताली जनता के देश ह जनते पेराइल- कि देखअ ना भाई चुनाव नियराइल रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 05/01/2021 ■■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो. 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 10-01-2021 at 10:19 AM. |
Bookmarks |
|
|