09-08-2022, 09:23 AM | #1 |
Diligent Member
|
स्वागत बा श्री मान
■■■■■■■■ स्वागत बा श्री मान हिया से स्वागत बा श्री मान रउआ अइनी धन्य भइल ई गाँव-नगर स्थान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... राउर पाँव परल बा इहवाँ शुभ दिन बाटे आइल दरसन से दू नैन जुड़ाइल मनवो आजु अघाइल कदम कदम पर पलक बिछा दीं इहे बा अरमान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... बड़ी भागि से आइल बानीं दरस हीक भर पा लीं शब्दन के हम फूल गुहि के गर में रउवा डालीं हिरदय से संगीत उठेला अधरन पर बा गान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... पेड़ पेड़ प रौनक आइल पात पात हरियाली मनवा के पंछी नाचत बा पा के ई खुशहाली आ के किरिपा कइनी येइजा रउआ एक महान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 07/08/2022 ■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274309 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 09-08-2022 at 10:57 AM. |
27-08-2022, 09:50 AM | #2 |
Diligent Member
|
Re: स्वागत बा श्री मान
संपादन के बाद पुनः
स्वागत बा श्री मान ■■■■■■■■ स्वागत बा श्री मान हिया से स्वागत बा श्री मान रउआ अइनी धन्य भइल ई गाँव-नगर स्थान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... राउर पाँव परल बा इहवाँ शुभ दिन बाटे आइल दरसन से दू नैन जुड़ाइल मनवो आजु अघाइल कदम कदम पर पलक बिछा दीं इहे बा अरमान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... बड़ी भागि से आइल बानीं दरस हीक भर पा लीं शब्दन के हम फूल गूहि के गर में रउआ डालीं हिरदय से संगीत उठेला अधरन पर बा गान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... पेड़ पेड़ प रौनक आइल पात पात हरियाली मनवा के पंछी नाचत बा पा के ई खुशहाली आ के किरिपा कइनी येइजा रउआ एक महान हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से..... रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 07/08/2022 ■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274309 मो- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|