13-08-2019, 07:40 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
■■■■■■■■■■■■■■■■ पी के घुमे बाजार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला पी के झगरा फरिआवेला हीक हीक भर गरिआवेला मानेक परी बाटे बूता डटल रहेला खा के जूता आ कुर्ता लेला फार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला मउगी जे तनिको बोलेले दारू पियला से रोकेले पागल हऽ लागेला पीटे गहना-बीखो सगरी छींटे बेचेला कंगन हार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला पी लेला तऽ धावे लागे गीत उरेबी गावे लागे चलेला हरदम अङ्हुआ के गीरेला मोरी में जा के पाँको से पावे प्यार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला बदबू जेतना आवे तन से राखे ओके बड़ी जतन से समझावे केहू आवेला उल्टी करे मुँह बावेला आ कर देला बीमार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला जहिया भर पेटा पी लेला जिनिगी से बेसी जी लेला पूरा देहिये हो जा पीयर हो जाला ऊ मुर्दा नीयर कि सुई घोपाला चार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला सगर खेत बगइचा बेचलस दारू में अइसन का देखलस मुँवे के माहुर खोजेले मेहरारू रोजे रोवेले आ लइका करें चिघार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 21/10/2008 ■■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मोबाइल- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 14-08-2019 at 04:16 AM. |
16-08-2019, 12:33 PM | #2 | |
Super Moderator
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 242 |
Re: भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
Quote:
धन्यवाद आकाश जी.
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद) (Let noble thoughts come to us from every side) |
|
01-09-2019, 07:08 AM | #3 |
Diligent Member
|
Re: भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
|
04-02-2021, 07:18 PM | #4 |
Diligent Member
|
Re: भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार...
आंशिक संपादन के बाद-
भोजपुरी गीत- पी के घुमे बाजार... ■■■■■■■■■■■■■■■■ पी के घुमे बाजार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला पी के झगरा फरिआवेला हीक हीक भर गरिआवेला मानेक परी बाटे बूता डटल रहेला खा के जूता आ कुर्ता लेला फार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला मउगी जे तनिको बोलेले दारू पियला से रोकेले पागल हऽ लागेला पीटे गहना-बीखो सगरी छींटे बेचेला कंगन हार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला पी लेला तऽ धावे लागे गीत उरेबी गावे लागे चलेला हरदम अङ्हुआ के गीरेला मोरी में जा के पाँको से पावे प्यार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला पीये तऽ पीयेला मन से बदबू फेंके पूरा तन से समझावे केहू आवेला गारी दे जब मुँह बावेला दे सातो पीढ़ी तार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला जहिया भर पेटा पी लेला जिनिगी से बेसी जी लेला पूरा देहिये हो जा पीयर हो जाला ऊ मुर्दा नीयर कि सुई घोपाला चार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला सगर खेत बगइचा बेचलस दारू में अइसन का देखलस मुँवे के माहुर खोजेले मेहरारू रोजे रोवेले आ लइका करें चिघार तऽ ओकर जोश जागेला गीरेला केतनो मार ना चढ़ल भूत भागेला रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 21/10/2008 ■■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मोबाइल- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|