My Hindi Forum

Go Back   My Hindi Forum > Art & Literature > Mehfil
Home Rules Facebook Register FAQ Community

Reply
 
Thread Tools Display Modes
Old 10-04-2021, 02:40 PM   #1
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 920
Rep Power: 23
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default कइसन रोग कोरोना बा...

कइसन रोग कोरोना बा...
■■■■■■■■■■■
पहिले के दिन लौटी कबो बुझाते नइखे
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

पूजा गाँवे गाँवे भइल कसाई के
माटी खोनि हलावल गइल मिठाई के
थरियो पिटला से त तनिक डेराइल ना
कहीं चुनावे में कहिओ उपराइल ना
इस्कूले गइला से कबो डेराते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

विद्यालय पर ताला जबसे लागल बा
लइकन के शैतानी सगरो जागल बा
रहनो कुछ बुढ़वन से लइका सीखे सन
माँग माँग के सुर्ती गुटखा चीखे सन
पढ़ला लिखला के त कवनो बाते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

सगरो दुनिया मोबाइल में घूसल बा
मित्र मण्डली हीत-नात सब छूटल बा
आइल-गइल बंद भइल ससुरारी के
उमर बढ़ल बा मुर्गा अउर बरारी के
चोखा से बेसी अब कुछु भेटाते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

साबुन सेम्पू नइखे ना बा कंघी ले
चालू रही लागत बा ई बंदी ले
पति-पत्नी के झगरा बढ़ल बुलंदी ले
फाटि गइल बा कुर्ता अउरी बंडी ले
झगरा के ई भूत अभीं उधियाते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

येकरा डरे सभे इहाँ डेराइल बा
पूरा दुनिया बंद भइल घबराइल बा
बाकिर दारू से कोरोना भागेला
कोरोना के बैरी साइत लागेला
मयखाना प लाइन कबो ओराते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

परसादी के तरिये रोज बटात हवे
मेहनतकश बा उहे लाठी खात हवे
बिन गलती रोवत आ टोवत जात हवे
लोकतंत्र पर कइसन ई आघात हवे
भीड़ बढ़ावेला ऊ कबो थुराते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

काम कइल जाताटे दुखवे बाटे के
चाहत ना रहनी हँ बात उपाटे के
हालत देखीं जा के रउआ हाटे के
मजदूरा लो घर के बा ना घाटे के
सत्ता के अब मद में पीर सुनाते नइखे-
कइसन रोग कोरोना बा कि जाते नइखे

रचना- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 08/04/2021
■■■■■■■■■■■■■■■■
वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी'
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरनाथ
जनपद- कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
पिन- 274304
मो- 9919080399

Last edited by आकाश महेशपुरी; 11-04-2021 at 07:11 PM.
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote
Reply

Bookmarks


Posting Rules
You may not post new threads
You may not post replies
You may not post attachments
You may not edit your posts

BB code is On
Smilies are On
[IMG] code is On
HTML code is Off



All times are GMT +5. The time now is 09:42 PM.


Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.