07-07-2021, 11:43 AM | #1 |
Diligent Member
|
दिल टूटेला छने छन कई बेर हो (भोजपुरी गीत)
■■■■■■■■■■■■■■ दिल टूटेला छने छन कई बेर हो प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो केहू रोई ना त प्यार में का करी चैन आवेला ना दिल के एको घरी जिंदगी में अन्हरिया लेला घेर हो- प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो उ रूठल बा जबसे खुशी खो गइल प्यार के धार में जिंदगी खो गइल राह देखत सनम के भइल देर हो- प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो हमके हमरे से बाउर बना के गइल रोग दिल के उ कइसन लगा के गइल लागे दुनिया में बा खाली अंधेर हो- प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो गीत- आकाश महेशपुरी ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|