26-12-2014, 12:11 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी कविता- बदबू से रोवेला गेंदा-गुलाब
------------------------------- होत सबेर चाहे होखे अबेरा सड़की प बदबू के बाटे बसेरा लोगवा के आदत बा अइसन खराब बदबू से रोवेला गेंदा-गुलाब खाली जगहि तबो सड़के पर जाके बीचे से दुइ डेग पीछे हटा के डोल-डाल करे के बा भइल रिवाज कि भोगता देखीं ना सउंसे समाज टिप-टाप क के आ जातरा बना के खुश्बू के साबुन से खूब नहा के आ नया लिबासो पर सेन्ट गिरा के असली निखार आवे सड़क प जा के सर्दी-जुकाम चाहे दामा खाँसी सड़क प सेहत के लागत बा फाँसी कवनो काम सभे सड़के से जाला चाहे ना धूरा से तबो नहाला सबेरे के अच्छा हवा के खाइल हवा में देखीं ना! ज़हर घोराइल ज़हर से बहुत के जीनिगि ओराइल दिमागी बोखार येही से आइल लइकन के आवता उल्टी आ दस्त माई-बाप रोवें बैदा बा मस्त देत सरकार हवे सबके आवास दित रुपया के राशि हजारे पचास टायलेट के भाई करित आदेश कि तनिको त सुधरित गँऊँवा के भेष नइखे टायलेट उ पइसा जुटाइत सड़की प नाहीं सरेहे में जाइत त चलत में केतना राहत बुझाइत सड़क प नाक नाहीं केहू दबाइत रचना- आकाश महेशपुरी Aakash Maheshpuri ------------------------------------ पता- वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर, पोस्ट- कुबेरस्थान, जनपद- कुशीनगर, उत्तर प्रदेश मोबाईल- 09919080399 |
27-12-2014, 09:05 AM | #2 |
Super Moderator
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 242 |
Re: भोजपुरी कविता- बदबू से रोवेला गेंदा-गुलाब
बहुत सुन्दर, आकाश जी. इस कविता के माध्यम से आपने एक महत्वपूर्ण विषय पर सबका ध्यान आकृष्ट किया है.
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद) (Let noble thoughts come to us from every side) |
06-01-2015, 07:57 PM | #3 |
Diligent Member
|
Re: भोजपुरी कविता- बदबू से रोवेला गेंदा-गुलाब
बहुत बहुत आभार! आदरणीय।
|
Bookmarks |
Tags |
भोजपुरी कविता, bhojpuri kavita |
|
|