17-07-2019, 09:14 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी गीत- जिंदगी के तमाशा
◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆ बाटे मुश्किल जियल आ मरल बा कठिन जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन केहू गलती करे केहू पावे सजा केहू दुखवा सहे केहू लेला मजा ये गरीबी पअ अपना रोवल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन लोग बदले लगल बा छने-छन इहाँ छल सोचे इयरवो मने-मन इहाँ हाँथ हँस के केहू के दिहल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन ज़ख्म सी के इहाँ लोर पी के इहाँ मर के अच्छा लगी आ कि जी के इहाँ प्रश्न ई बा कठिन येके हल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन ना साहाला ई गम केहू कइसे सहे मुस्कुरा के जियअ सभे इहे कहे गम के सागर में जा के हँसल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन रचना- आकाश महेशपुरी ◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर, पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर, उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मोबाईल- 9919080399 |
24-07-2019, 05:43 PM | #2 |
Diligent Member
|
Re: भोजपुरी गीत- जिंदगी के तमाशा
आंशिक परिवर्तन के उपरांत
भोजपुरी गीत- जिंदगी के तमाशा ◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆ बाटे मुश्किल जियल आ मरल बा कठिन जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन केहू गलती करे केहू पावे सजा केहू दुखवा सहे केहू लेला मजा ये गरीबी पअ अपना रोवल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन लोग बदले लगल बा छने-छन इहाँ छल सोचे इयरवो मने-मन इहाँ हाँथ हँस के केहू के दिहल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन ज़ख्म सी के इहाँ लोर पी के इहाँ सुख मिली आ कि ना कहियो जी के इहाँ? प्रश्न ई बा कठिन येके हल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन ना साहाला ई गम केहू कइसे सहे मुस्कुरा के जियअ सभे इहे कहे गम के सागर में जा के हँसल बा कठिन- जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन रचना- आकाश महेशपुरी ◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर, पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर, उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मोबाईल- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|