08-08-2021, 01:54 PM | #1 |
Diligent Member
|
दउरिहे भकोसना (भोजपुरी गीत)
■■■■■■■■ फोकटे में दाल चाउर सगरो बाँटाता, दउरिहे भकोसना ले आवे सभे जाता। अगलगि में बटात बाटे कपड़ा आ रासन, बहुते कुछ देत बाटे दुखियन के शासन, दुखियन से सुखियन के बेसिये दियाता- दउरिहे भकोसना ले आवे सभे जाता। हरदम ना मिली अइसन नीमन सुतार रे, दउरताटे लोग तनी होनेहो निहार रे, लूटला में लाज का बा सब जघे लुटाता- दउरिहे भकोसना ले आवे सभे जाता। देहि धाजा पवले तें बाड़े सीधा-साधा, येहि से जे काम करबे हो जइबे आधा, कइला के गरजे का बा सुखले भेंटाता- दउरिहे भकोसना ले आवे सभे जाता। रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 04/05/2000 ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 11-08-2021 at 08:49 PM. |
Bookmarks |
|
|