My Hindi Forum

Go Back   My Hindi Forum > Art & Literature > Hindi Literature

Reply
 
Thread Tools Display Modes
Old 05-01-2015, 08:08 AM   #1
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 920
Rep Power: 23
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default भोजपुरी कहानी: सखी

भोजपुरी कहानी: सखी
आकाश महेशपुरी

खेदारू के बिआह फूला संघे बड़ी धूमधाम से भइल। बिदाई के बेरा फूला के माई-बाप, भाई - भउजाई, चाचा-चाची सभे उदास रहे। फूला के सखी चमेलियो कम उदास ना रहली, बाकिर केहू का करित, बेटी के त एक दिन बहुरिया बनहिं के परेला। फूला के अकवारी में भर के चमेली एतना लोर बहवली कि भादवो सरमा गइल। भदवारी में त बरखा के बाद आसमान साफ हो जाला, बाकिर चमेली के आँखियन से ना बरखा ओरात रहे ना बादर। बिदाई भइल, नवसे आ उनके घर के सभे बहुत निहाल रहे। येने कार में बहुरिया के साथे नवसे प्रेम रस में नहात रहलन, त ओने घर के मेहरारू समाज बहुरिया के इन्तजार में नाचत गावत रहे।

बाकिर भगवान जी के मरज़ी के का कहल जा! ऊहाँ के त कुछ अउरिए मंजूर रहे! बड़ी जोर आन्ही आइल, सड़क के दूनू बगल रहे बड़े बड़े पेड़, बीचे बीचे निकसत रहे बरातिन के काफिला। अचानक एगो पेड़ गिरल, टेक्सी में बइठल खेदारू के बाबूजी घाही हो गइलन। अब का होखो सभे उनके ले के अस्पताल पहुँचल।

डाक्टर कहलन कि "गहीर चोट लागल बा, आपरेशन करे के पड़ी कम से कम पचास हजार के
इन्तजाम करीं लोगिन।"
>>>
edit note: बड़े आकार की कहानी को एक ही पोस्ट में दिया जाना उचित नहीं है. अतः पूरी कहानी को कई भागों में विभाजित कर के पोस्ट किया गया है.

Last edited by rajnish manga; 05-01-2015 at 08:38 PM.
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote
Old 05-01-2015, 07:59 PM   #2
rajnish manga
Super Moderator
 
rajnish manga's Avatar
 
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241
rajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond repute
Default Re: कहानी: सखी

कहानी: सखी

घरे त फूटल कउड़ी ना रहे, कहाँ से आइत पचास हजार! बड़ी घावला के बाद नेउरसेठ बियाज पर रूपया देबे के तइयार हो गइलन। शंकर के चीर-फार, दवा-दारू भइल, कुछ दिन में ऊ त ठीक हो गइलन। बाकिर पचास हजार के करजा कवनो रोग से कम तना रहे। खेदारू बेचारू का करतें! किरिया खा लिहलन कि " जबले हम करजा नाचुकाइब अपना मेहरारू से देहिं ना छुआइब।"

खेदारू कमाये दिल्ली जात रहलन, उनकर मेहरारू बहुते उदास रहली। करिया बादरघेरले होखे, धान पानी बिन सूखत होखे, आन्ही आवे आ बादर उधिआ जा, बुनियो नापरे त डरेरा पर आस में बइठल किसान के जइसल बुझाला, कुछ अइसने बुझाईल फूलाके। उनकी अँखियन से लोर झरे लागल।

खेदारू के जाते फूला के रोज ताना मिले लागल। "ये कुलच्छनी के आवते घर भिलागइल। ई मरियो जाइत त करेजा जुड़ाइत।" अउरियो का जाने कवन कवन ताना सुत-उठके मिले, बाकि फूला ये कान से सुनस आ ओ कान से निकाल देस। कबो हिया में नाजोगावस कवनो बाति।
खेदारू वैल्डिंग के काम सीख लीहले रहलन।

महीना में दस-एगारे हजार बनिये जात रहे, हर महीना एक-दू हजार भेजियो देतरहलन। एहीतरे तीन साल बीत गइल। खेदारू नगदे पइसा कमा लिहलें रहलन। सोचलें "अब घरे चले के चाहीं, आखिर बिअजियो त बढ़ते जाता। आ फूला! ऊ त हमके एको छनना बिसारत होइहन, हमके देखते केतना निहाल हो जइहें।"

>>>

__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद)
(Let noble thoughts come to us from every side)
rajnish manga is offline   Reply With Quote
Old 05-01-2015, 08:01 PM   #3
rajnish manga
Super Moderator
 
rajnish manga's Avatar
 
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241
rajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond repute
Default Re: कहानी: सखी

कहानी: सखी

खेदारू सब समान सरिअवलें आ भिनसारे वाला गाड़ी पकड़ लिहलन
, बाकिर ऊ का जानत रहलन कि उनका पीछे एगो हरीफ लागल बा। खेदारू हरिफवा के बड़ा सरीफ समझलन आ अपना लगे बइठा लिहलन।

"ये भाई! कहाँ जायेक बा? आ तहार नाव का ह?"


"जायेक बा सिसवनिया आ नाव ह खेदारू। तू कहाँ जइबअ?"


"हमरो त ओनहे चले के बाटे, बाकिर हम गोरखपुरवे में उतर जायेब।"


"बड़ा संजोग ठीक बा ये भाई! कि हमनी के एके ओर जाये के बाटे। ई अलग बात बा कि तू गोरखपुरवे में उतर जइबअ बाकिर उहाँ ले त नीफिकिर हो के चलल जाई। टरेन में चोर-चाइन से बड़ा डर लागेला।"

हरिफवा के त गोटी चम रहे, झट से कहलस "खइनी चलेला भाई?"


"चलेला बाकिर एह बेरा बा नाहीं, अपने लगे से खिआ द।"


हरिफवा खइनी बनवलस, दूनू जानी खाइल लो। उ खइनिया में का जाने का मिला दिहलेरहे कि खेदारू अचेत हो गइलन। बाकिर ओकरा कुछउ ना भइल, ओकरा आदत जे रहे चरसखइला के।

हरिफवा त खुश हो गइल, झट से अटइची बदल दिहलस, काहें कि अटइचिया एकदम एकेलेखाँ रहे। जब खेदारू के होश आइल त हरिफवा उतर गइल रहे। उनका येह बाति केतनिको शंका ना भइल कि अटइची बदला गइल बा। खेदारू घरे पहुँचलन त नेउर सेठतगादा करे आइल रहलन। खेदारू के देखते बोल परलन "का हो शंकर! तहार बेटा त आगइल कमा के!अब त मिल जाई हमार पइसा!"

>>>
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद)
(Let noble thoughts come to us from every side)
rajnish manga is offline   Reply With Quote
Old 05-01-2015, 08:03 PM   #4
rajnish manga
Super Moderator
 
rajnish manga's Avatar
 
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241
rajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond repute
Default Re: कहानी: सखी

कहानी: सखी

"काहें नाहीं मिली? तीन साल बाद कमा के आइल बाड़न, कुछ त ले आइले होइहन!"

"
कवनो चिन्ता कइला के गरज नइखे बाबू जी! हम सब इन्तजाम क के आइल बानी।"

खेदारू पहिले पाँव छुवलन फेरू मुँह खोललन। सेठ हिसाब जोरलन त एक लाख सेउपरे आइल। खेदारू घर में जा के अटइची खोललन त ओइमें किताब-कापी रहे, पइसा तरहबेना कइल। खेदारू समझ गइलन कि अटइची बदला गइल बा। अब का होखो, सभे कपारे हाथ घलिहल। कइसे मिली भिलाइल अटइची! का जाने मुसाफ़िर ईमानदार रहे कि चाई! एकेसाथेकई गो सवाल गूँजे लागल खेदारू के दिमाग में। बाकिर ई सोच के कि "मेहनत के कमाई हकेहू हजम ना क पाई।" खेदारू सेठ से कह दिहलन कि "राउर पइसा बिहने मिल जाई, अटइची बदला गइल बा, हम पता करे जात बानी, रउवा बिहने आ जाइब।" सेठ ई कहि केचल गइलन कि "बिहने अगर पइसा ना मिली त हम तहार दखिन वाला खेत जोतवा लेब।"

"
आज का चोरा के ले आइल बानी, रउवा लाज ना लागेला, हेइसन देहि ले के रोज चोरी करीले। कहिया ले खिआयेब हमके पाप के कमाई?"

"
अरे चमेली चोरियो करे में मेहनत लागेला, बुद्धी खपावे के परेला, पसेनाझारे के परेला। आज के जमाना में चोरी कइल कवनों पाप नइखे रह गइल। ये घरी तनेता, अधिकारी, सिपाही सभे चोरा रहल बा।"

"
बाकिर हम रउवा के ना करे देब। आज से पाप के कमाई खाइल बन्द। रउवा मेहनत सेकुछऊ कमा के ले आयेब त उ खइला से देहियो प हेरा चढ़ी आ मनवो खुश रही। जाईंहइ अटइची लौटा के आईं।"

>>>
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद)
(Let noble thoughts come to us from every side)

Last edited by rajnish manga; 05-01-2015 at 08:05 PM.
rajnish manga is offline   Reply With Quote
Old 05-01-2015, 08:07 PM   #5
rajnish manga
Super Moderator
 
rajnish manga's Avatar
 
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241
rajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond repute
Default Re: कहानी: सखी

कहानी: सखी

"हम ना लौटा सकीले चोरावल माल।"

"
त ठीक बा, मत जाईं। हमहीं जा तानी कहीं ढूब-धस के मर जायेब।"

"
का अनाब-सनाब बोलत रहेलू! कवनो पता ठेकान रही तबे नूँ केहू लौटाई!"

चमेली अटइची खोलली त लाखन रूपिया आ खेदारू संघे फूला के फोटो देख के चिहा गइली!

"
अरे! ई त सखी के अटइची ह!"

"
कवन सखी!"

"
अरे उहे! जीनके ससूर के एक्सीडेंट हो गइल रहे, ओइदिने जहिया उनकर बिदाईरहे। उनके ससूर के दवाई में ढेर करजा हो गइल रहे, आ खेदारू कसम खइले रहलेंकि जबले उ करजा ना चुकइहें तबले अपना मेहरारू से देहिं ना छुअइहें।"

"
अच्छा ऊ! जब तहार खुशी येही में बा, त चलअ रूपिया लौटा आइल जा। अब तहरा खुशी से बढ़ के रूपिया नइखे नू!"

चमेली आ मोहन पइसा ले के खेदारू घरे पहुँच गइल लो। खेदारूओ जब पता ना लगा पवलें त
हार-पाछ के घरे आ गइलन। घरे मोहन के बइठल देखलें त उनके जीव में जीव परल। फूला से
कवनो मेहरारू हँस हँस के बतिआवत रहे आ उनके बाबू जी से मोहन। खेदारू लगे आ गइलन
"
का हो तू आ गइलअ!"

>>>
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद)
(Let noble thoughts come to us from every side)
rajnish manga is offline   Reply With Quote
Old 05-01-2015, 08:08 PM   #6
rajnish manga
Super Moderator
 
rajnish manga's Avatar
 
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241
rajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond repute
Default Re: कहानी: सखी

कहानी: सखी

"हँ ये खेदारू भाई! हमार मेहरारूओ आइल बाड़ी, तहरा औरत के सखी। हमनी के तहार रूपिया लौटावे आइल बानी जान। हमरा से बहुत बड़हन गलती हो गइल। हो सकी त माफ क दिहअ। अब ल हई आपन अमानत! मोहन अटइची खेदारू के दे दिहलन। नेउरो सेठ भनक पा के आ गइलन। सभे एके जघे खड़ा रहे। खेदारू, सेठ के हिसाब दे के करजा से आजाद हो गइलन। नेउर सेठ जाये लगलन त सभे सेठ के ओर देखत रहे। बाकिर खेदारू के ध्यान त फूला पर रहे, उ फूला के गाल पर चिकोटी काट दिहलन, फूला सुसकरली त सभे ताक दिहल। दूनू जाने
लजा गइल लो, सब केहू हँस दिहल।

कहानी- आकाश महेशपुरी
Aakash maheshpuri
पता-
वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी"
ग्राम- महेशपुर
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर (उत्तर प्रदेश)
मो. 09919080399
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद)
(Let noble thoughts come to us from every side)
rajnish manga is offline   Reply With Quote
Old 05-01-2015, 09:57 PM   #7
rajnish manga
Super Moderator
 
rajnish manga's Avatar
 
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241
rajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond reputerajnish manga has a reputation beyond repute
Default Re: भोजपुरी कहानी: सखी

बहुत सुन्दर कहानी. कहानी में रोचकता के साथ साथ सोचने के लिए भी काफी कुछ है. शेयर करने के लिए धन्यवाद, आकाश जी.








__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद)
(Let noble thoughts come to us from every side)
rajnish manga is offline   Reply With Quote
Old 06-01-2015, 07:51 PM   #8
आकाश महेशपुरी
Diligent Member
 
आकाश महेशपुरी's Avatar
 
Join Date: May 2013
Location: कुशीनगर, यू पी
Posts: 920
Rep Power: 23
आकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud ofआकाश महेशपुरी has much to be proud of
Send a message via AIM to आकाश महेशपुरी
Default Re: भोजपुरी कहानी: सखी

आदरणीय! आप द्वारा मेरी कहानी छोटे-छोटे भागों में बाटकर प्रकाशित करने से सम्मानित पाठकों के लिए और भी सुगम हो गया है। अत्यंत अभार।
आकाश महेशपुरी is offline   Reply With Quote
Reply

Bookmarks

Tags
भोजपुरी कथा, सखी, bhojpuri story sakhi

Thread Tools
Display Modes

Posting Rules
You may not post new threads
You may not post replies
You may not post attachments
You may not edit your posts

BB code is On
Smilies are On
[IMG] code is On
HTML code is Off



All times are GMT +5. The time now is 09:45 AM.


Powered by: vBulletin
Copyright ©2000 - 2024, Jelsoft Enterprises Ltd.
MyHindiForum.com is not responsible for the views and opinion of the posters. The posters and only posters shall be liable for any copyright infringement.