09-07-2021, 06:49 PM | #1 |
Diligent Member
|
लिट्टी-चोखा (दो मुक्तक)
■■■■■ ना भावेला प्यार मुहब्बत, ना सजनी सुधि आवे। रूप-रंग ना भावे तनिको, ना केहू ललचावे। कि चटर-पटर मन करे हमरो, आवेला जब सावन। बरसेला जब रिमझिम रिमझिम, लिट्टी-चोखा भावे।।1।। साथे बाड़ू बाकिर देखऽ, रात तनिक ना भावे। लिट्टी-चोखा बिन बारिश के, पात तनिक ना भावे। प्यार करबि हम शर्त इहे बा, चोखा ले के आवऽ। भूख लगल बा दिल के कवनो, बात तनिक ना भावे।।2।। मुक्तक- आकाश महेशपुरी दिनांक- ०९/०७/२०२१ ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|