26-08-2021, 09:09 AM | #1 |
Diligent Member
|
जिंदगी खेत से (भोजपुरी गीत)
■■■■■■■ खेत से बा हँसी आ खुशी खेत से हम किसानन के बा जिंदगी खेत से खेत मंदिर हवे आ विधाता इहे सबके माता इहे अन्नदाता इहे दूर हो जाला हर बेबसी खेत से- हम किसानन के बा जिंदगी खेत से पुन्य के काम हऽ खेती-बारी कइल अन्न खा के जिये चाहें केहू भइल आदमी बनि गइल आदमी खेत से- हम किसानन के बा जिंदगी खेत से रचना- आकाश महेशपुरी दिनांक- 15/11/2005 ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 |
Bookmarks |
|
|