11-06-2020, 09:35 PM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी ग़ज़ल- उनके नैनन के...
■■■■■■■■■■■■ उनके नैनन के वार झेलेनी रोज़ होके बीमार झेलेनी चोट खाईं त दर्द ना होला बेवफ़ाई के मार झेलेनी टूट जाला केहू तनी भर में हम त सदमा हज़ार झेलेनी झूठ बोलेके ना करेजा बा साँच बोलीं त हार झेलेनी ऊ त कायर बा हार माने जे हम त जीवन के भार झेलेनी एगो 'आकाश' फूल के ख़ातिर जाने केतना कटार झेलेनी ग़ज़ल- आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/06/2020 @सर्वाधिकार सुरक्षित ■■■■■■■■■■■■■ पत्र व्यवहार का पता- वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो. 9919080399 |
Bookmarks |
|
|