21-11-2020, 02:07 AM | #1 |
Diligent Member
|
भोजपुरी गीत- कहिया ले सुनी सरकार
■■■■■■■■■■■■■■ कहिया ले सुनी सरकार बतलाईं कहिया ले सुनी सरकार रोजी बाटे ना रोटी बा घर में माँगत भीखि लोग जा के नगर में लिहलें कटोरा हजार बतलाईं- कहिया ले सुनी सरकार कहिया... उपाजे अनाज आ रही जा उपासे ना कबो किसानन के सुख चढ़े बासे कि सुने ना केहू पुकार बतलाईं कहिया ले सुनी सरकार कहिया... अपने दवाई करावें विदेश में राजा त राजा बा जनता कलेश में जिनिगी भइल बाटे भार बतलाईं- कहिया ले सुनी सरकार कहिया... गीतकार- आकाश महेशपुरी दिनांक- 28/10/2020 ■■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा "आकाश महेशपुरी" ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरस्थान जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो. 9919080399 |
Bookmarks |
|
|