11-08-2021, 08:47 PM | #1 |
Diligent Member
|
दहि गइल घरिया
■■■■■■■■ दिल में दरद उठे खेत भइल दरिया, कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। जब कबो आइल हँसले के बेला, चढ़ल कपारे कवनो झंझट झमेला, नीचे बहे पानी आ बरसे बदरिया- कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। लहरत फसिलिया के भइल दुरगतिया, गँहुआ से भरल बखार भइल मटिया, भुखवा पिअसिया से मुँह भइल करिया- कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। धनवा भिलाई गइल पुरुखन के धइल, गइयो भँइसियो के बाढ़ लेइ गइल, तड़पे करेज जइसे सुखले मछरिया- कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। गीत- आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/08/2021 ■■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 |
19-08-2021, 02:37 AM | #2 |
Diligent Member
|
Re: दहि गइल घरिया
(आंशिक संपादन के बाद)
दहि गइल घरिया ■■■■■■■■ दिल में दरद उठे खेत भइल दरिया, कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। सपना हमार बा भइल पानी पानी, जिनिगी भइल जस बाढ़ में पालानी, बहे कहीं लोर कहीं बरसे बदरिया- कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। लहरत फसिलिया के भइल दुरगतिया, गँहुआ से भरल बखार भइल मटिया, भुखवा पिअसिया से मुँह भइल करिया- कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। धनवा भिलाई गइल पुरुखन के धइल, गइयो भँइसियो के बाढ़ लेइ गइल, तड़पे करेज जइसे सुखले मछरिया- कि का करीं अब जब दहि गइल घरिया। – आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/08/2021 |
Bookmarks |
|
|