12-12-2021, 11:04 AM | #1 |
Diligent Member
|
ई कइसन मिलन बा (बिदाई गीत)
■■■■■■■■■■■■■ नजर में रहे ऊ नगर छूट जाता, ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। जहाँ डेग पहिला ई आपन उठवनी, कि बाबू जी अँगुरी धरा के घुमवनी, ऊ बारी बगइचा डगर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। सखी सब के टोली दिवाली आ होली, कि भाई बहिन सँग हँसी आ ठिठोली, बितावल गइल हर पहर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। इहे सोच के आज आवे रोवाई, इ गँउवाँ नगर अब से हितई कहाई, बसे जान ईहवें मगर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। गीत- आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/12/2021 ■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 |
02-01-2022, 05:28 PM | #2 |
Diligent Member
|
Re: ई कइसन मिलन बा (बिदाई गीत)
आंशिक परिवर्तन के बाद
ई कइसन मिलन बा (बिदाई गीत) ■■■■■■■■■■■■■ नज़र में रहे ऊ नगर छूट जाता, ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। जहाँ डेग पहिला ई आपन उठवनी, कि बाबू जी अँगुरी धरा के घुमवनी, ऊ बारी बगइचा डगर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। सखी सब के टोली दिवाली आ होली, कि भाई बहिन सँग हँसी आ ठिठोली, बितावल गइल हर पहर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। इहे सोच के आज आवे रोवाई, इ गँउवाँ नगर अब से हितई कहाई, बसे जान ईहवें मगर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। गीत- आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/12/2021 Last edited by आकाश महेशपुरी; 02-01-2022 at 05:56 PM. |
10-01-2022, 11:08 AM | #3 |
Diligent Member
|
Re: ई कइसन मिलन बा (बिदाई गीत)
संपादन के बाद-
ई कइसन मिलन बा (बिदाई गीत) ■■■■■■■■■■■■■ नजर में रहे ऊ नगर छूट जाता, ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। जहाँ डेग पहिला ई आपन उठवनी, कि बाबू जी अँगुरी धरा के घुमवनी, ऊ बारी बगइचा डगर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। सखी सब के टोली दिवाली आ होली, कि भाई बहिन सँग हँसी आ ठिठोली, बितावल गइल हर पहर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। जुडाइल करीं रोज हम जिंदगी में, कि माई के ममता के जवने नदी में, वो उफनत नदी के लहर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। इहे सोच के आज आवे रोवाई, इ गँउवाँ नगर अब से हितई कहाई, बसे जान ईहवें मगर छूट जाता- ई कइसन मिलन बा कि घर छूट जाता। गीत- आकाश महेशपुरी दिनांक- 10/12/2021 ■■■■■■■■■■■■■■■ वकील कुशवाहा 'आकाश महेशपुरी' ग्राम- महेशपुर पोस्ट- कुबेरनाथ जनपद- कुशीनगर उत्तर प्रदेश पिन- 274304 मो- 9919080399 Last edited by आकाश महेशपुरी; 11-01-2022 at 05:27 AM. |
25-01-2022, 04:43 PM | #4 |
Super Moderator
Join Date: Aug 2012
Location: Faridabad, Haryana, India
Posts: 13,293
Rep Power: 241 |
Re: ई कइसन मिलन बा (बिदाई गीत)
अत्यंत भावुक कर देने वाला गीत. धन्यवाद, आकाश जी.
__________________
आ नो भद्रा: क्रतवो यन्तु विश्वतः (ऋग्वेद) (Let noble thoughts come to us from every side) |
Bookmarks |
|
|